L O A D l N G

झूमर । Jhoomar । पँवरिया नाच भोजपुरी लोक नृत्य (Bhojpuri Cultral dance) Champaran

आज एक ओरी #भोजपुरी मनोरंजन में फूहड़ता आ अश्लीलता बढ़ गईल बा जवन दुख के कारण बा, एकरो से दुखी करे वाला बात भोजपुरी के आपन लोक कला जवन लगातार विलुप्त हो रहल बा , पुरुआ के प्रयास रहेला सार्थक मनोरंजन के सङ्गे आपन पुरान लोककला जवन कबो विख्यात रहे आ जवन आज के दिखावटी माहौल में समाप्त हो चलल... वो लोककला के संजो के राखल , ओकरा के भोजपुरिया समाज के सोझा ले आवल आ ओहु से बेसी गैर भोजपुरिया समाज के बतावल की हमनी के सँस्कृति ई ह, उ ना जवन आज कुछ लो फूहर आ देह उघार मनोरंजन परोस के आपन परिचय (फूहर कलाकार के उहे परिचय ह) के सम्पूर्ण भोजपुरिया जन मानस के परिचय बना के रखले बा.. ओही क्रम में आज प्रस्तुत बा #पँवरिया नृत्य जवन कबो #भोजपुरिया मनोरंजन के शान कहात रहे आ आज जवन गुमनामी के करिया रात में लुकाइल जाता... रउआ पहिले ई लोक नृत्य देखीं आ फिर कमेंट बॉक्स में आपन प्रतिक्रिया दिहीं...

Starring




Pankaj

September 28th, 2023 - 8:57 pm

Your Name

February 10th, 2024 - 10:20 pm

Your Name

February 26th, 2024 - 8:41 pm

kundan Singh

March 21st, 2024 - 1:45 am

Vijay

April 7th, 2024 - 6:45 am

Your Name

May 3rd, 2024 - 11:01 am



Customer Also Watched